अतवारी छौंक: 'बात कुछ पुरनका दौर के ' अपने दौर के underrated एक्ट्रेस रहली 'राखी गुलजार'
खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।
आजू पढ़ी की 'राखी गुलजार' के जीवन से जुड़ल कुछ रोचक बात....
कभी कभी मेरे दिल में ये ख्याल आता है….जे दिल के ख्याल में आपन उदास आँख लेकर जिनगी में रंग भर देत रहे, अयीसन रहे अभिनेत्री राखी गुलजार के व्यक्तित्व। 70 के दशक से लेके 90 के दशक ले राखी प्रेमिका से लेके परदा पs महतारी बने के सफर में दर्शक के सोझा आपन कई गो रूप देखवली। बंगाली सिनेमा से आपन करियर शुरू करे वाली महान अभिनेत्री राखी गुलजार के अपना समय के बेहतरीन कलाकारन में गिनल जात रहे.
राखी 20 साल के उमिर में फिलिमन में प्रवेश कइली. 1967 में रिलीज भइल बंगाली फिल्म ‘बधू बरण’ में पहिला बेर परदा पs नजर अइली. करीब तीन साल बाद 1970 में उनुकर पहिला बॉलीवुड फिल्म आईल, जवना के नाम रहे 'जीवन मृत्यु'। राखी के फिल्मी कैरियर आ निजी जिनिगी दुनु पs बहुते चर्चा में रहे. तs आईं उनुका जीवन से जुड़ल कुछ रोचक बात जानी जा..
अपना करियर में एतना सफलता हासिल कइला के बादो राखी अपना दौर के दोसरा अभिनेत्रियन के तरह मशहूर ना हो पवली. राखी के ई कहल बिल्कुल गलत ना होई कि ऊ अपना समय के अंडररेटेड अभिनेत्री रहली. अपना कैरियर के बारे में राखी एक बेर इहो कहले रहली कि अगर डांस के ट्रेनिंग लेले रहती तs अपना करियर में एगो अलगे मुकाम पs रहती।
राखी अपना निजी जीवन के लेके चर्चा में रहली
राखी परदा पs ओह अभिनेत्रियन में से एगो हई जे परदा पs जवन किरदार पेश कइल जात रहे ऊ सहजता से निभावत रहली. कबो अमिताभ बच्चन के प्रेमिका बन गइली तs कबो उनकर सेक्रेटरी आ जब समय आईल तs उनकर माई के किरदार निभावे से ना हिचकत रहली। राखी परदा पs कई गो शानदार फिलिम कइली जवना में शर्मीली, कसमे वादे, त्रिशूल, मुकद्दर का सिंकदर, दूसरा आदमी, जुर्माना, करण-अर्जुन, बाजीगर शामिल बा.
परदा पs राखी के कैरियर बहुते शानदार रहल बाकिर निजी जिनिगी में बहुते उथल-पुथल मच गइल. जब राखी 16 साल के रहली तs उनुकर बियाह बंगाली फिल्म निर्देशक अवुरी पत्रकार अजय बिस्वास से भईल। शुरू में सब ठीक रहे बाकिर धीरे-धीरे दुनो लोग के बीच मतभेद पैदा होखे लागल अवुरी ओकरा बाद दुनो लोग के तलाक हो गईल। हालांकि अजय के संपर्क में अइला के बाद ही राखी के फिलिम के प्रति झुकाव बढ़ल।
बॉलीवुड में अइला के बाद राखी के मुलाकात गुलजार से भइल. गुलजार ओह घरी एगो बड़हन फिल्म लेखक रहले. एही बीच एगो फिल्म पार्टी में राखी अवुरी गुलजार के मुलाकात भईल अवुरी गुलजार के पहिला नजर में राखी से प्यार हो गईल। दुनों के बियाह कुछ समय ले एक दूसरा के डेट कईला के बाद साल 1973 में भईल रहे। हालांकि गुलजार एगो शर्त रखले रहले कि राखी बियाह के बाद फिल्म में काम कईल बंद कs दिहे अवुरी राखी मान गईली। बियाह के बाद दुनों के एगो बेटी मेघना भईल, जवन कि अब एगो सफल फिल्म निर्देशक अवुरी निर्माता बन गईल बाड़ी। राखी वादा कइले रहली बाकिर मन फेर से फिलिमन के ओर जाए लागल. एकरा बाद गुलजार जब ‘आंधी’ फिल्म के लोकेशन के तलाश में कश्मीर गईले तs राखी के भी अपना संगे लेके गईले। बतावल जाला कि फिल्म के पूरा टीम जब उहाँ पहुंचल तs पार्टी के आयोजन भईल। एह पार्टी में अभिनेता संजीव कुमार जादा शराब पियले अवुरी नशा में धुत्त हालत में सुचित्रा सेन के हाथ पकड़ लेले।
गुलजार के ई सब कुछ पसंद ना आईल, तs उs सुचित्रा के ओहिजा से निकाल के कमरा में ले गईले। हालांकि राखी इs सभ देख के गुलजार से पूछली कि अपना पसंदीदा अभिनेत्री के कमरा में छोड़ के उनुका कईसन लागता। बतावल जाला कि गुलजार एs बात से बहुत खिसिया गईले अवुरी राखी से बहस करे लगले। एही उलझन में गुलजार के हाथ राखी पs उठल। एकरा बाद गुलजार राखी से माफी मंगले बाकिर उs इs सब बात ना भुला पवली। राखी अवुरी गुलजार बियाह के बाद अलग-अलग रहे लगले।