टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

वर्ल्ड कप फाइनल पs आतंकी खतरा, खालिस्तानी आतंकी पन्नु देलस अटैक के धमकी

01:16 PM Nov 05, 2023 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

नई दिल्ली। अपना धमकियन खातिर सुर्खियों में रहे वाला खालिस्तानी आतंकवादी गुरपतवन्त पन्नू के खिलाफ अहमदाबाद साइबर सेल में हाले में केस दर्ज कइल गइल रहे। इहे आतंकी फेर से धमकी देत कहले बा कि क्रिकेट विश्व कप 2023 के 19 नवंबर के होखे वाला फाइनल मैच के दिन कवनो सिख फ्लाइट से सफर ना करे। आतंकवादी गुरपतवन्त पन्नू एकरा पहिलहू इस विश्व कप 2023 के दौरान टेरर अटैक करे के धमकी देले बा।

Advertisement

खालिस्तान के धमकी आतंक

भारत में चल रहल वनडे वर्ल्डकप के लेके खालिस्तान के तरफ से एक बेर फेर एगो खतरनाक धमकी सामने आइल बा। खालिस्तानी आतंकवादी प्रमुख, गुरपतवंत सिंह पन्नू कहलस कि 19 नवंबर, 2023 के वनडे वर्ल्डकप 2023 के दिन केहुओ सिख व्यक्ति सिख फ्लाइट से सफर ना करे। एकरा पहिलहू, ई आतंकी टेरर अटैक के धमकी देले रहे। ई आतंकी वनडे वर्ल्डकप 2023 के उद्घाटन मैच के बारे में अइसने बात कहले रहे।

गुरपतवंत सिंह पन्नू देलस धमकी

खालिस्तान आंदोलन के नेता आ प्रतिबंधित संगठन सिख फॉर जस्टिस (एसएफजे) के प्रमुख, गुरपतवंत सिंह पन्नू एगो वीडियो जारी कइले बा। एमे पन्नू 19 नवंबर के एयर इंडिया के उड़ानन के बाधित करे के धमकी देले बा। सिख फॉर जस्टिस के वाटरमार्क वाला एगो वीडियो में पन्नू ई कहत सुनल गइल, “19 नवंबर के वैश्विक नाकाबंदी के हिस्सा के रूप में, हमनी के एयर इंडिया के संचालित करे के अनुमति ना देम सs। हम सिख समुदाय के सब सदस्यन के सलाह देत बानी कि ऊ 19 नवंबर से एयर इंडिया के सेवा के उपयोग ना करे काहेकि एसे रउआ जिनगी के खतरा हो सकत बा।

गुरपतवंत सिंह पन्नू पहिलहू एह आतंकी धमकी के स्वीकार कइले बा। ऊ इंदिरा गांधी हवाईअड्डा के 19 नवंबर के बंद करे के चेतावनी देले बा आ कहले बा कि एह दिन के विश्व आतंक कप के फाइनल के तौर पs मनावल जाई। रउआ के बता दीं कि ई फाइनल मैच अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम में खेलल जाई।

Tags :
Air IndiaBhojpuri NewsCricket World CupKhalistan TerroristPaannu Latest VideoTerror threat
Advertisement
Next Article