टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

साधारण परिवार के लइका मचवलस जिला में धूम,अपना परिणाम के जड़िये कइलस जवार के नाम रौशन 

07:02 PM Apr 01, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

Bihar board 10th result: बिहार बोर्ड दसवीं के परीक्षा के result 31 मार्च के आइल जवना में जिला - छपरा , प्रखंड - बनियापुर , ग्राम - आनंद पुर निवासी - राजेश कुमार यादव के सुपुत्र सचिन कुमार जिला में टॉप कइले। सचिन कुल 500 नंबर में से 458 नंबर लिया के जिला - जवार के नांव रौशन कइले। सचिन कुमार से बात कइला पऽ उऽ बतवले कि उनका अपना घर से बाड़ा समर्थन मिलल आ जवन ई परिणाम आइल बा ओकर पूरा श्रेय बाबू जी आ माई के आ खासकर के उनका गुरु ( शिक्षक ) लो के जाता।

Advertisement

सचिन के पढ़ाई लिखाई सत्यदेव स्वामी हाई स्कूल सेमरी से भइल आ इनकर अबहीं ले के शिक्षा गाँवहीं में भइल बा। सचिन से जब पढ़ाई - लिखाई पऽ बात कइल गइल तऽ उऽ बतवले कि परीक्षा के तइयारी करे में उनका सबसे जादे फायदा नियमित रहला के भइल। उनकर नियमित रहल उनका के बाड़ा फायदा देलस। उऽ इहो बतवले कि जदि कवनो परीक्षा के तइयारी ढंग से करे के बा तऽ परीक्षा से जुड़ल पिछिलकाऽ साल ( previous year) के प्रश्नपत्र के रियाज कइल , ओकरा के solve कइल बहुत जरूरी बा, एकरा से विधार्थी के पकड़ मजबूत होला। सचिन अपना आगे के सफर के बाड़े में बतावत कहले कि उनका NEET के तइयारी करे के बा आ उऽ आपन भविष्य मेडिकल के क्षेत्र में संजोए के चाहऽ ताड़े।

सचिन कुमार के आगे के भविष्य खातिर खबर भोजपुरी के ओर से शुभकामना बा।

Tags :
Bhojpuri Newsbihar bord resultBihar EducationBihar Education DepartmentBSEBBSEB 10th ResultKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article