टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

बेखौफ होके भारी-भरकम प्लास्टिक के बोरी लेके जात रहे शख्स, पुलिस खोल के देखलस तऽ सब कोई रह गइल दंग

11:49 AM May 27, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

संदिग्ध व्यक्तिय आ मादक पदार्थ के विरुद्ध चलावल जा रहल चेकिंग अभियान के तहत एतवार के पुलिस चेकिंग के दौरान क्षेत्र के भभुआर गांव के लगे से एगो व्यक्ति के 20 किलो 100 ग्राम गांजा के साथे गिरफ्तार कइल गइल । पकड़ाइल व्यक्ति के खिलाफ विधिक कार्रवाई कइल गइल। जानकारी के मोताबिक गांजा के तस्करी बिहार खातिर होत रहे।

Advertisement

चेकिंग अभियान में थानाध्यक्ष अनिल कुमार पांडेय पुलिसकर्मियन के साथे क्षेत्र के भभुआर गांव के पुलिया के लगे संदिग्ध व्यक्तियन आ वाहनन के चेकिंग करत रहले । चेकिंग के दौरान बनारसी राजभर निवासी भगंदा थाना चैनपुर जिला भभुआ बिहार के एगो प्लास्टिक बोरी में 20 किलो 100 ग्राम गांजा के साथे पकड़ल गइल।

महिला लो के स्वावलंबी बनावे पऽ विमर्श

नियामताबाद: जागृति महिला संघ के ओर से परोरवा में रविवार के जागरूकता शिविर के आयोजन कइल गइल। एमें महिला लो के उनका अधिकार आ स्वावलंबी बनावे पs चर्चा कइल गइल। वक्ता लो कहल कि आज के दौर में जवना तरे महिला लो के दबावल जा रहल बा, उऽ ठीक नइखे। महिला लो के आपन अधिकार पावे खातिर सब जंजीरन के तुड़ के आगे आवे के जरूरत बा तबे उऽ वो मुकाम के पहुंच सकिहें जवना के बारे में उऽ सोचत बाड़ी।

कहल गइल  कि विभिन्न संगठनन के ओर से सशक्तिकरण पs चर्चा कइल जाला, बाकिर अबहीयो महिलाएं पूर्ण रूप से आत्मनिर्भर नइखी बन सकल। एह अवसर पs ज्योति अग्रहरि, नीलम, कविता, आरती, अंजली, गीता कुमारी, निधि त्रिपाठी, अर्चना, आकांक्षा आदि उपस्थित रहली।

Tags :
Bhojpuri NewsKhabar Bhojpuri Newsuttar pradesh newsUttar Pradesh Police
Advertisement
Next Article