टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

जस्टिन बीबर के साथे Anant-Radhika के बियाह में ई सिंगर्स लगइहें देसी तड़का, संगीत सेरेमनी में मची धूम

01:18 PM Jul 05, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

अनंत अंबानी आ राधिका मर्चेंट के बियाह में अब बस कुछे दिन बाकी बा। अइसे में इनका लो के शादी के फंक्शन एंटीलिया में शुरू हो गइल बा। मामेरु रस्म के बाद अब सबकर नजर संगीत सेरेमनी पs टिकल बा। संगीत सेरेमनी में परफॉर्म करे खातिर जस्टिन बीबर इंडिया आ गइल बाड़न। जस्टिन के साथे दु गो इंडियन सिंगर्स एह फंक्शन में देसी तड़का लगइहें।

Advertisement

दुनिया के सबसे अमीर बिजनेसमैन में से एक मुकेश अंबानी आ नीता अंबानी के छोटे बेटा अनंत अंबानी आ राधिका मर्चेंट के बियाह के तइयारी शुरू हो गइल बा। दुनु जाने के शादी में अब कुछे दिन के समय रह गइल बा। अइसे में उनकर शादी से पहिले होखे वाला रस्म के शुभारंभ हो गइल बा।

अंबानी फैमिली सामूहिक विवाह कार्यक्रम सफल होखे के बाद बुध के 'मामेरू' सेरेमनी के आयोजन कइले रहे, जवना के कई गो फोटोज आ वीडियो सोशल मीडिया पs देखे के मिलल रहे। एह ग्रैंड इवेंट के हिस्सा बने खातिर कई  गो मशहूर हस्ती मुंबई पहुंचल बाड़न।

बीतल दिन खबर आइल रहे कि हॉलीवुड सिंगर जस्टिन बीबर शादी में रंग जमावे खातिर मुंबई पहुंच गइल बाड़े। अब दु गो इंडियन सिंगर्स के नांव समाने आइल बा, जवन एह शादी में देसी तड़का लगावे वाला बाड़े।

ई सिंगर्स लगइहें देसी तड़का

एचटी की खबर के अनुसार, शादी में रंग जमावे खातिर बादशाह आ करण औजला  एमें शामिल हो सकत बाड़े।

दुनु जाना बढ़िया सिंगर्स होखे के साथे दोस्तो हउअन। बादशाह आ करण के गाना उनका फैंस के काफी पसंद आवेल। अब इनका लो के एह ग्रैंड वेडिंग में चार चांद लगावत देखे खातिर उनकर फैंसो एक्साइटेड बाड़े।

इ इंटरनेशनल सिंगर्सो हो सकत बाड़े शामिल

इंडिया टुडे के एगो रिपोर्ट के अनुसार, अनंत-राधिका के शादी में एडेल, ड्रेक आ लाना डेल रे परफॉर्म कर सकत बाड़े। हालांकि, इनका लो के लेके अबहीं ले कवनो ऑफिशियल जानकारी नइखे। रिपोर्ट्स के मोताबिक, उनकर अंबानी परिवार के साथे बातचीत चल रहल बा।

Tags :
aanat Ambani weddinganant ambaniAnant Ambani weddingEntertainment Entertainment News Entertainment News in BhojpuriKhabar Bhojpuri News
Advertisement
Next Article