टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

उठाके ले जाएम आ थाना में बइठा देम, पटना पुलिस के ज्वेलरी दुकानदार के धमकाने के वीडियो वायरल 

11:30 AM Aug 29, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

पटना में चौक थाना के दुगो SI के ज्वेलरी दुकानदार के धमकी देवे के CCTV फुटेज आ ऑडियो सामने आइल बा। फुटेज में पुलिस अधिकारी दुकानदार के कह रहल बानी कि "उठा के ले जाएम आ थाना में बइठा देम"। पूरा ममिला 20 अगस्त के हs। ओहिजा, जगमोहन लाल शिवरतन लाल ज्वेलरी शॉप के मालिक शशि शेखर रस्तोगी हवे, जवन शांति समिति के सदस्यो बाड़ी। एह ममिला में पटना सिटी पुलिस अनुमंडल पदाधिकारी-2 डॉ. गौरव कुमार कहलें कि उनका संज्ञान में ई मामला अभी नइखे आइल। जदि उनका संज्ञान में ई मामला आवत बा तs एकर जांच कs के कार्रवाई कइल जाई।

Advertisement

'दुकान में बहुते भीड़ बा, रउआ कुछ देर बाद आई'

दरअसल, पटना सिटी के चौक थाना क्षेत्र इस्थित एगो ज्वेलरी दुकान पs चौक थाना के दुगो सब इंस्पेक्टर पहुंचल लो। दुकानदार के कवनो ममिला के लेके CCTV देखावे के बात कहलें। दुकानदार कहलें कि अभी उनका दुकान में बहुत भीड़ बा, रउआ कुछ देर बाद आई CCTV देखा दिहल जाई। एकरा बाद सब इंस्पेक्टर भड़क उठलें आ दुकानदार के धमकी देत कहलें कि तहरा के उठाके थाना ले जाएम सs आ आ थाना में बइठा देम सs।

एह ममिला के लेके दुकानदार आ पुलिस पदाधिकारी के बीच बहुत देर तक बहस होत रहल। एह घटना के CCTV फुटेज सामने आइल बा। ओहिजा, दुकान पटना सिटी के चौक थाना से आधा किलोमीटर के दूरी पs बा।

साभार: दैनिक भास्कर

Tags :
Bhojpuri NewsPatna Policeviral video
Advertisement
Next Article