टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

यूजीसी नेट के सिटी इंटिमेशन स्लिप जारी, जानीं कइसे करे के बा चेक

10:59 AM Aug 13, 2024 IST | Minee Upadhyay
Advertisement

 

Advertisement

विश्वविद्यालय अनुदान आयोग 21, 22 आ 23 अगस्त, 2024 के तारीख खातिर यूजीसी नेट 2024 सिटी इंटिमेशन स्लिप जारी कइले बा। एह परीक्षा में आवे वाला उम्मीदवार यूजीसी नेट के आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.ac.in के माध्यम से आपन सिटी स्लिप देख सकेलें आ डाउनलोड कs सकेलें।

नोटिस में का कहल गइल रहे?

आधिकारिक नोटिस में लिखल बा कि, “एनटीए अब 21, 22 अवुरी 23 अगस्त 2024 के होखेवाला यूजीसी-नेट जून 2024 खातीर परीक्षा शहर के आवंटन के अग्रिम सूचना प्रकाशित करतिया।”

उम्मीदवारन के सलाह दिहल गइल बा कि यूजीसी-नेट जून 2024 के आपन परीक्षा शहर सूचना पर्ची (अपना आवेदन संख्या आ जन्म तिथि के इस्तेमाल करत) वेबसाइट से चेक/डाउनलोड करस.परीक्षा सिटी स्लिप डाउनलोड करे खातिर परीक्षार्थी नीचे दिहल स्टेप के पालन कs सकेलें.

परीक्षा कब होई?

यूजीसी नेट 2024 के परीक्षा 21 अगस्त से 4 सितंबर 2024 ले 83 विषय के सीबीटी मोड में करावल जाई। इs परीक्षा दु पाली में होई, पहिला पाली सुबह 9 बजे से दुपहरिया 12 बजे ले होई अवुरी दूसरा पाली दुपहर 3 बजे से सांझ 6 बजे ले होई।

यूजीसी नेट 2024 के सूचना पर्ची

•सबसे पहिले यूजीसी नेट के आधिकारिक वेबसाइट ugcnet.nta.ac.in पs जाईं।

•एकरा बाद होम पेज पs उपलब्ध यूजीसी नेट परीक्षा सिटी स्लिप लिंक पs क्लिक करीं।

•अब एगो नया पेज खुली, जहवाँ उम्मीदवारन के लॉगिन डिटेल डाले के पड़ी.

•एकरा बाद सबमिट पs क्लिक करीं आ स्क्रीन पs राउर परीक्षा सिटी स्लिप लउकी.

•एकरा बाद स्लिप में डिटेल के जांच कs के डाउनलोड करीं।

•अंत में एकर हार्ड कॉपी आगे के जरूरत खातिर अपना लगे राखीं.

 

 

 

 

Tags :
breaking newscity intimation slip releasedEducationeducation newsUGC NetUGC NET exams
Advertisement
Next Article