For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

UP: AI के शिकार महिला IPS, पेन-पेंसिल पैक कS के पईसा कमाए के सलाह देत वीडियो में देखावल गइल, रिपोर्ट दाखिल भइल

09:44 AM Aug 13, 2024 IST | Raj Nandani
up  ai के शिकार महिला ips  पेन पेंसिल पैक कs के पईसा कमाए के सलाह देत वीडियो में देखावल गइल  रिपोर्ट दाखिल भइल
Advertisement

कानपुर न्यूज : बदमाश लोग के पईसा से लुभा के फंसावे खातीर सोशल मीडिया पS ए वीडियो के वायरल कS देलन सS। ए मामिला में एडीसीपी साउथ के निर्देश पS गोविंदनगर थाना में आरोपी के खिलाफ रिपोर्ट दर्ज करावल गइल बा।

Advertisement

कानपुर में आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (एआई) के दुरुपयोग के चलते बदमाश पहिला बेर शहर में तैनात एगो महिला आईपीएस अधिकारी के आपन शिकार बना देले बाड़े सS। तकनीक के गलत इस्तेमाल कS के जालसाज अपना चेहरा अवुरी आवाज़ के इस्तेमाल कS के लोग के पेन-पेंसिल पैक कS के पईसा कमाए खातीर लुभावले बाड़े सS। जब मामला सोझा आइल तS गोविंदनगर पुलिस मामला दर्ज कS मामिला के छानबीन शुरू कS देलस।

जानकारी के मुताबिक 32 सेकंड के वायरल वीडियो में एडीसीपी साउथ अंकिता शर्मा के घर में बईठ के पेंसिल आ कलम पैक करे के सलाह देत देखाई देता। ए दौरान बदमाश अपना आवाज आ चेहरा के इस्तेमाल कS के बतावत रहले कि कंपनी माल पहुंचावे खातीर घर में आई। पैकिंग खातिर हर महीना 30 हजार रुपया दिहल जाई जबकि 15 हजार रुपया अग्रिम के रूप में दिहल जाई।

वीडियो में एगो मोबाइल नंबर भी दिहल गइल बा, जवन साइबर गुंडा के ह। वीडियो सोझा अइला के बाद पुलिस के साइबर टीम एकर जांच शुरू कS देले बिया। एडीसीपी अंकिता शर्मा बतवली कि एआई के माध्यम से वायरल वीडियो बनावल गइल बा। उनका चेहरा के इस्तेमाल करत अइसन वीडियो बनावल अपराध के श्रेणी में आवेला। गोविंदनगर पुलिस के एह मामिला में रिपोर्ट दर्ज करावे के निर्देश दिहल गइल बा।

Tags :
Advertisement