टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

यूपी के चर्चित IAS अधिकारी किंजल सिंह यूट्यूबर पऽ दर्ज करवली मुकदमा, जानीं - का बा पूरा मामला

09:34 AM Jul 03, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

UP News: आरोपी यूट्यूबर, उस्मान सैफी सफरनामा के नांव से आपन यूट्यूब चैनल चलावेले। आईएएस अधिकारी के शिकायत पs उनका खिलाफ केस दर्ज कऽ लिहल गइल बा। पुलिस मामला के जांच में जुट गइल बिया।

Advertisement

आईएएस अधिकारी लखनऊ के गोमतीनगर थाना में एह संबंध में दर्ज करवले बाड़ी। उऽ आरोपी यूट्यूबर पs अपना स्वर्गवासी माता-पिता पs आपत्तिजनक टिप्पणी करे के आरोप लगवले बाड़ी। एह मामला में धारा 501 आ 66 IT एक्ट के तहत केस दर्ज कऽ लिहल गइल बा।

पुलिस आरोपी यूट्यूबर उस्मान सैफी उर्फ उस्मान अली आ www.usmansaifisafar.com पs गोमतीनगर थाना मे FIR दर्ज कऽ लेले बिया। आईएएस अधिकारी आरोप लगवली कि यू-ट्यूब चैनल संचालक उनका स्वर्गवासी माता-पिता पs आपत्तिजनक टिप्पणी कइलस आ गलत सूचना के सोशल मीडिया पs प्रसारित कइले बा।

गोमती नगर थाना में केस दर्ज

आईएएस अधिकारी के शिकायत पs गोमती नगर थाना के पुलिस अब एह मामला के जांच में जुट गइल बा। आरोपी यूट्यूबर, उस्मान सैफी सफरनामा के नांव से आपन यूट्यूब चैनल चलावेले। एह चैनल पs उस्मान सैफी आईएएस किंजल सिंह के माता-पिता के लेके खबर प्रसारित कइले रहले। ई वीडियो 20 जून के अपलोड कइल गइल रहे। आईएएस अधिकारी कहली ई जानकारी पूरा तरे भ्रामक बा।

उऽ कहली कि साजिश के तहत उनका मान-सम्मान के क्षति पहुंचावे के कोशिश कइल गइल बा। इहे ना एह इस वीडियो के प्रसारित करे से पहिले उनका परिवार के कवनो सदस्य से तथ्यन के सत्यापित नइखे कइल गइल। जवना के बाद गोमती नगर थाना के पुलिस एह मामला के जांच कइल गइल।

बता दी कि आईएएस किंजल सिंह दिल्ली के लेडी श्रीराम कॉलेज से पढ़ाई कइले बाड़ी। उऽ कॉलेज में टॉप कइले रही । उनकर पिता केपी सिंह गोंडा  डीएसपी रहलें, 12 मार्च 1982 के उनकर हत्या कऽ दिहल गइल रहे जब उऽ एगो सामूहिक झड़प के मामला में जांच करे माधोपुर गांव गइल रहलें। एही दौरान कुछ बदमाश उनकर हत्या कऽ देले रहले।

Tags :
Apradh newsapradhiIas newsNews uttar pradeshup newsuttar pradesh news
Advertisement
Next Article