टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

आज हs विश्व ध्यान दिवस, जानीं मेडिटेशन के फायदा

11:38 AM Dec 21, 2024 IST | Minee Upadhyay
विश्व ध्यान दिवस
Advertisement

संयुक्त राष्ट्र महासभा, जवना के भारत सह-प्रायोजक बा, 21 दिसंबर के विश्व ध्यान दिवस घोषित कs देले बिया ध्यान एगो अयीसन प्रक्रिया हs जवन कि मन में शांति अवुरी आराम के एहसास करावेला। मानसिक स्वास्थ्य में सुधार पs विशेष ध्यान दिहल जाला। ध्यान खाली मानसिक स्वास्थ्य खातिर बढ़िया ना होला बलुक एकर शारीरिक फायदा भी होला। आज विश्व ध्यान दिवस के मौका पs जान लीं कि ध्यान से आपके स्वास्थ्य के कवना तरीका से फायदा होखेला। 

Advertisement

मेडिटेशन करे के फायदा

कम होला तनाव
ध्यान तनाव कम करे में मदद करेला। तनाव एगो अयीसन समस्या हs जवन कि ना खाली मानसिक रूप से प्रभावित करेला बालुक शरीर के भी नुकसान पहुंचावेला। तनाव के चलते स्वास्थ्य से जुड़ल बहुत समस्या होखेला अवुरी तनाव के चलते बाल झड़ला से लेके पेट के समस्या ले भी बढ़ जाला। अयीसना में ध्यान के माध्यम से तनाव कम कईल जा सकता। 

एंजाइटी कंट्रोल होला
ध्यान से तनाव कम होखेला अवुरी चिंता कम करे में भी मदद मिलेला। चिंता अइसन समस्या हs कि बहुत लोग के एंजाइटी करे के पड़ेला। लगातार कवनो बात के बारे में सोचल अवुरी घबराहट में रहला के एंजाइटी के लक्षण में शामिल कईल जाला। जवना लोग के एंजाइटी के समस्या बा, उs लोग माइंडफुलनेस के अभ्यास कs सकतारे। एंजाइटी के दूर करे में ध्यान के असर देखाई देवेला। 

बढेला सेल्फ अवेयरनेस
अगर रउआ ओह लोग में से बानी जे हमेशा भीतर से उलझल, खोवल आ दम घुटत महसूस करेला, तs ध्यान रउआ खातिर अपना के बेहतर तरीका से समझे के सही तरीका हो सकेला। ध्यान के इस्तेमाल से आत्म-जागरूकता बढ़ावल जा सकेला। एकरा से रउरा अपना भीतर देख सकीलें. एहसे नकारात्मक विचार दूर रहेला अवुरी सकारात्मकता बढ़ेला। 

एकाग्रता बढ़ जाला 
ध्यान कइला से एकाग्रता बढ़ जाला। अगर कवनो काम करत घरी रउरा एकाग्रता में दिक्कत होखे लागे तs रउरा ध्यान कs सकीलें. ध्यान कईला से आपके फोकस ना खाली बढ़ेला बालुक आपके ध्यान के अवधि भी बढ़ जाला। इs मेमोरी के तेज करे में भी मदद करेला.

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

Tags :
LifestyleMeditation BenefitsWorld Meditation DayWorld Meditation Day 2024
Advertisement
Next Article