For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

पहलवानन के आंदोलन कांग्रेस के साजिश'- बृजभूषण सिंह

11:33 AM Sep 07, 2024 IST | Sonu Kishor
पहलवानन के आंदोलन कांग्रेस के साजिश   बृजभूषण सिंह
पहलवानन के आंदोलन कांग्रेस के साजिश'- बृजभूषण सिंह
Advertisement

दिग्गज पहलवान बजरंग पुनिया आ विनेश फोगाट कांग्रेस में शामिल भइले। भारतीय कुश्ती महासंघ के अध्यक्ष रहल बृजभूषण सिंह एह पर प्रतिक्रिया देले बाड़न। उऽ खिसिया के कहले कि उनका खिलाफ पहलवान के जवन आंदोलन शुरू भइल बा, उऽ कांग्रेस के साजिश हऽ। एकर पूरा पटकथा भूपेंद्र हुड्डा के लिखल हऽ। पहलवानन के आंदोलन राजनीतिक प्रेरणा से चलत रहे।

Advertisement

भारतीय कुश्ती महासंघ के अध्यक्ष रहल आ भाजपा नेता बृज भूषण शरण सिंह पहलवान विनेश फोगाट आ बजरंग पुनिया के कांग्रेस में शामिल होखे पs प्रतिक्रिया देले बाड़न। उऽ कहले कि इ घटनाक्रम साबित करऽता कि पहलवान के पूरा आंदोलन उनका खिलाफ कांग्रेस के पूरा साजिश रहे।

बृज भूषण कहले कि पछिला साल जनवरी में जब जंतर मंतर पs पहलवान के विरोध शुरू भइल रहे तऽ उऽ दावा कइले रहले कि इ कवनो खिलाड़ी के आंदोलन ना हऽ। एकरा पीछे कांग्रेस के साजिश बा, जवना के नेतृत्व भूपेंद्र सिंह हुड्डा कइले रहले।

Tags :
Advertisement