For the best experience, open
https://m.khabarbhojpuri.com
on your mobile browser.
Advertisement

Yamunanagar: होटल के कमरा में लागल आग, मचल अफरा-तफरी

11:51 AM Oct 21, 2024 IST | Sonu Kishor
yamunanagar  होटल के कमरा में लागल आग  मचल अफरा तफरी
यमुनानगर में होटल के कमरा में लागल आग
Advertisement

यमुनानगर में एगो होटल के कमरा में आग लगला से अराजकता मच गइल। तुरंत दमकल विभाग के टीम मौका पऽ पहुंच के आग पऽ काबू पावल गइल। आग में होटल के कमरा पूरा तरह से तबाह हो गइल। शार्ट सर्किट के चलते आग लागे के संभावना बा।

Advertisement

सोमार के सबेरे स्फायर होटल के कमरा नंबर 112 में अचानक धुआं उठे लागल। थोड़ही देर में आग के लपट पूरा कमरा के अपना चपेट में ले लिहलस। आग के लपट देख के पूरा होटल में दहशत मच गइल। एकरा बारे में तुरंत दमकल विभाग के सूचना दिहल गइल।

फायर टेंडर के संगे दमकल विभाग के पूरा टीम मौका पऽ पहुंचल। पुलिस आ दमकल विभाग के टीम कांच तूड़ के होटल में घुस के आग पर काबू पा लिहलस। जब तक आग पऽ काबू ना आइल तब तक पूरा कमरा तबाह हो गइल रहे। दमकल विभाग के मुताबिक शार्ट सर्किट के चलते आग लागे के संभावना बा। जांच के बादे इस्थिति पूरा तरीका से साफ हो जाई।

Tags :
Advertisement