टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

यायावरी भोजपुरी महोत्सव: 2024 के भइल रंगारंग सुरुआत; भोजपुरी अभिनेता कुणाल सिंह शिखर सम्मान से भइलें सम्मानित

12:47 PM Jun 09, 2024 IST | khabar Bhojpuri Desk
Advertisement

गोरखपुर। यायावरी वाया भोजपुरी महोत्सव-2024 के रंगारंग सुरुआत अतवार के गोरखपुर के गोकुल अतिथि भवन में भइल। कार्यक्रम के सुरुआत संस्था के अध्यक्ष बृजेश्वर मणि त्रिपाठी, मुख्य अतिथि बैजनाथ मिश्र, फिल्म निर्देशक विमल चंद्र पाण्डेय दिया जरा के कइल लो।

Advertisement

यायावरी वाया भोजपुरी के पहिला स्टोरी टेलिंग एप के परियोजना अधिकारी डॉ. क्षमा त्रिपाठी साल भर में भइल कामन के लेखा-जोखा प्रस्तुत कइली। बरिस 2024 के यायावरी शिखर सम्मान से भोजपुरी के सुपरस्टार अभिनेता आ भोजपुरी के अभिताभ बच्चन कहे जाए वाला कुणाल सिंह के महोत्सव के मुख्य अतिथि बैजनाथ मिश्र सम्मानित कइनी। एह दौरान कुणाल सिंह अपना अभिनय के माध्यम से दहेज पs जोरदार प्रस्तुति से सभकर दिल जीत लेनी।

मुख्य अतिथि बैजनाथ मिश्र अपना उद्बोधन में कहनी कि कवनो भाषा तबे आगे बढ़ी जब दोसरा भाषा के शब्दन के पचा सके। ऊ 2025 के जनगणना में मातृभाषा के कॉलम में हिंदी के जगह भोजपुरी लिखे के निहोरा कइनी। एकरा माध्यम से भोजपुरी भाषियन के संख्या दर्शा के मजबूती देखावल जा सकी।

Tags :
Bhojpuri NewsMahotsav BeginsYayawari Bhojpuri MahotsavYayawari Mahotasavyayawari via bhojpuri
Advertisement
Next Article