टेक्नोलॉजी
खेल | कब्बड्डीक्रिकेटफुटबॉलबैडमिंटनहॉकी
मनोरंजन | सीरियलसिनेमासंगीतशार्ट स्टोरीजवेब सीरीजवीडियोडॉक्यूमेंट्री
राजनीतिविविध
व्यापार | अर्थव्यवस्थाउधारडिजिटल मुद्रानिवेशपूंजीरियल एस्टेटशेयर बाजार
शासन-प्रशासन | अपराधकानूनदुर्घटनासामाजिक योजना
शिक्षा
लाइफस्टाइल | आयुर्वेदखानपानसेहतव्यायामरोग एवं उपचारयोगब्यूटी टिप्सघरेलू उपचार
फोटो स्टोरीपर्यटन स्थल
धरम-करम | राशिफलमान्यतात्यौहारतीर्थ स्थलअंधविश्वास
देस-बिदेस
साहित्य | उपन्यासकविताकहानी
स्पेशल स्टोरीबड़ी खबरें
Advertisement

यूपी में फेर चलल योगी के बुलडोजर, अकबरनगर में एक दिन में ढहाइल 165 अवैध निर्माण; सबसे तेज कार्रवाई

01:52 PM Jun 15, 2024 IST | Sonu Kishor
Advertisement

यूपी के अकबरनगर में एक दिन में 165 अवैध निर्माण ढहाइल। अब तक कुल 614 अवैध निर्माण के ढाहल जा चुकल बा। एकरा साथही अकबरनगर में सबसे तेज एक्शन देखे के मिलल बा। मलबा गिरला के बाद आसपास के इलाकन में धुआ से प्रदूषण ना फइले एकरा लिए 15 वाटर टैंकर लगाके छिड़कावो कइल गइल ।

Advertisement

कुकरैल नदी पs कब्जा कऽ के अवैध रूप से बसावल गइल अकबरनगर प्रथम आ द्वितीय के ध्वस्तीकरण कऽ के एलडीए अबही तक के सबसे तेज कार्रवाई शुक के कइलस। एकही दिन में एलडीए अकबरनगर प्रथम के 165 अवैध निर्माण के ध्वस्त कऽ देलस।

लगातार 13 घंटे के कार्रवाई के दौरान एलडीए उपाध्यक्ष डा. इंद्रमणि त्रिपाठी सहित कई गो अधिकारी मौका पs डटल रहले।

अबही ले एलडीए 614 अवैध निर्माण के ढहऽवइलस। एलडीए दू से तीन दिन में अकबरनगर प्रथम के पूरा तरे ध्वस्त करे के तैयारी कइले बा। एलडीए शुक के अकबरनगर प्रथम में 15 बड़ पोकलैंड मशीन आ 12 जेसीबी के एक साथे उतरले रहे। ई मशीन रास्ता में आवे वाला तीन से चार मंजिला अवैध मकानन के देखते देखते गिरा देलस।

ध्वस्तीकरण खातिर यातायात डायवर्ट

मलबा गिरला के बाद आसपास के इलाकम में धुआ प्रदूषण ना फइले, एकरा खातिर 15 वाटर टैंकर लगा के छिड़कावो कइल गइल। अकबरनगर प्रथम में ध्वस्तीकरण खातिर यातायात के डायवर्ट कइल गइल बा।

आरएएफ आ पुलिस के मौजूदगी में एलडीए ध्वस्तीकरण शुरू कइलस। संयुक्त सचिव सुशील प्रताप सिंह आ अपर सचिव ज्ञानेंद्र वर्मा दू अलग-अलग टीम के कमान संभलिहें।

बांध के दुनु ओर से जेसीबी आ पोकलैंड के उतारल गइल। पहिले सामने आ रहल छोट अवैध निर्माण के गिराके आगे बढ़े के रास्ता बनावल गइल। एही बीच लोगन के इहाँ से बसंतकुंज योजना में पीएम आवास खातिर सामान लेके जाए के सिलसिलो जारी रहल। नगर निगम लोगन के मदद खातिर 42 लोडर वाहनन के तैयार कइलस।

ई वाहन दिनभर अकबरनगर के लोगन के सामान लेके बसंत कुंज योजना के चक्कर काटत रहल। शुक के कुल 79 लोगन के पीएम आवास के कब्जा दे दिहल गइल। अबही ले कुल 971 लोगन के पीएम आवास दिहल गइल। बसंत कुंज योजना में सचिव विवेक श्रीवास्तव सहित कई अधिकारी मौका पs लोगन के कब्जा दिआवत रहले।

Tags :
Aditya nath YogiAkbar nagarLaw and Orderuttar Pradesh law and orderuttar pradesh news
Advertisement
Next Article