अतवारी छौंक: 'बात कुछ पुरनका दौर के' मोस्ट स्टाइलिश एक्टर्स में से एगो रहले फिरोज खान, जे कई दशक तक फिलिम इंडस्ट्री पs कइलें राज
खबर भोजपुरी रउरा लोग के सोझा एगो नया सेगमेंट लेके आइल बा , जवना में रउरा के पढ़े के मिली फिलिम इंडस्ट्री से जुड़ल रोचक कहानी आ खिसा जवन बितsल जमाना के रही।
आजू पढ़ी 70-80 के दशक के सबसे सुंदर हीरो में से एगो फिरोज खान उर्फ़ 'काऊ' ब्वॉय के बारे में-
फिरोज खान के नाव सुनते आँख के सोझा एगो स्मार्ट-हैंडसम चेहरा लउकेला, सूट-बूट, जैकेट अवुरी माथा पs टोपी पहिनले आदमी के चेहरा। उनकर राजसी शाही अंदाज सालन ले बॉलीवुड पs राज कइलस। फिरोज खान के 1969 के फिलिम ‘आदमी और इंसान’ खातिर सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के फिल्मफेयर अवार्ड से सम्मानित कइल गइल रहे. एकरा बाद ऊ ‘धर्मात्मा’ आ ‘मेला’ जइसन कई गो सुपरहिट फिलिम कइलन.
फिरोज खान एह इंडस्ट्री के सबसे स्टाइलिश कलाकारन में से एक रहले. अभिनेता अपना डायलॉग डिलीवरी, गुड लुक्स आ चार्मिंग स्टाइल से प्रशंसकन के दिल जीत लिहले. कहानी के साथे सुरीला संगीत उनुका फिलिमन के हिस्सा रहल बा. 70-80 के दशक के सबसे सुंदर हीरो में से एगो फिरोज के इंडस्ट्री के 'काऊ' ब्वॉय कहल जात रहे।
इंडस्ट्री में आपन पहचान बनावे खातिर एह अभिनेता के बहुते संघर्ष करे के पड़ल. ऊ 1965 में अपना पहिला फिलिम बड़का हिट फिलिम अरज़ू के बाद लाइमलाइट में अइले. फिरोज बेंगलुरु से मुंबई आइल रहले। ओह घरी फिरोज के लगे पईसा ले ना रहे। उs खाली हाथ मुंबई पहुंचले। उs मुंबई में मॉडलिंग में आपन किस्मत अजमवले.
एकरा बाद फिरोज के बी ग्रेड फिलिम के ऑफर मिले लागल। फिरोज 6 साल तक बी ग्रेड फिलिम में काम कईले रहले। फिल्म अरज़ू के बाद अभिनेता के किस्मत बदल गईल अवुरी उs कबहूँ पीछे मुड़ के ना देखले।
इहो पढ़ीं : अतवारी छौंक: 'बात कुछ पुरनका दौर के ' अपने दौर के underrated एक्ट्रेस रहली 'राखी गुलजार'
फिरोज खान के पर्सनल लाइफ
बॉलीवुड शादीज के मुताबिक, फिरोज खान एगो साक्षात्कार में कहले रहले कि, 'जब हम बैचलर रहनी तs कैसेनोवा रहनी।' हमरा के अक्सर बॉलीवुड के भव्य महिला लोग के संगे पार्टी में देखल जात रहे। हम मेहरारू लोग के साथे इज्जत के साथे ट्रीट करत रहनी आ एही से हमार कई गो महिला दोस्त रहली। दुर्भाग्य से एकरा चलते हमरा के वुमेनाइजर के टैग दिहल गईल।'
बता दीं कि फिरोज खान के बियाह सुंदरी से भइल रहे। इs सुंदरी के दूसरा बियाह रहे। सुंदरी के पहिला बियाह से एगो बेटी भईल रहे। फिरोज के मुलाकात सुंदरी से पार्टी में भईल रहे। तीन साल ले दुनो लोग डेट कईले अवुरी ओकरा बाद बियाह भईल। बाकिर 1985 में कुछ साल बाद दुनो लोग के तलाक हो गईल।
एक्टर के फिलमी कैरियर
आजुओ फिरोज भारतीय सिनेमा में अपना काम खातिर जानल जालें. ऊ अपना पूरा कैरियर में 60 से ढेर फिलिमन में नजर अइलें आ बॉलीवुड के लोकप्रिय स्टाइल आइकन में से एक बन गइलें। आरजू, सफर, मेला, अपराध, खोटे सिक्के, काला सोना, धर्मात्मा, नागिन, कुर्बानी, जांबाज आ वेलकम जइसन सफल हिंदी फिलिमन में अपना बेहतरीन भूमिका से फिरोज सभका दिल जीत लिहले बाड़न.
फिलिम जगत में कुछ कलाकार अइसनो बाड़े जे हमेशा अपना शर्त पs काम कइल पसंद करेलें. ओह कलाकारन में से एगो रहलें फिरोज खान. मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक 10 सितंबर 1976 के प्रकाश मेहरा फिलिम 'हेरा फेरी' के ऑफर फिरोज के लगे ले गईल रहले। बाकिर फिरोज एह फिलिम के खारिज कs दिहलन काहे कि एह फिलिम के शूटिंग अतवार के दिने करे के रहे. फिरोज के बाद ई फिलिम अमिताभ बच्चन के मिलल.
नोट गिने खातिर टीम राखे के पड़ल
जब फिलिम ‘कुरबानी’ रिलीज भइल तs ई फिलिम बॉक्स ऑफिस पs रिकार्ड तूड़ दिहलस. मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक इs फिलिम मुंबई में तीन महीना ले हाउस फुल चलल। फिलिम के भारी कमाई से नोट के बरसात हो गईल। मीडिया रिपोर्ट के मुताबिक इs फिलिम अतना हिट हो गईल कि ओ समय फिरोज खान नोट गिने खातीर टीम बनवले रहले। ओह घरी ई फिलिम फिरोज डेढ़ करोड़ रुपिया में बनल रहे आ घरेलू बॉक्स ऑफिस पs 6 करोड़ से अधिका के कमाई कइलस.
फिरोज खान के मउत
फिरोज खान के फेफड़ा के कैंसर से 27 अप्रैल 2009 के निधन हो गईल। मुंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में उनुकर इलाज चलत रहे, बाकिर उs बेंगलुरु के आपन फार्महाउस में जाए के इच्छा जतवले रहले।